Jode Jode Nariyal

जोडे जोडे फलवा सुरुज देव घटवा पे तिवई चढावे ले हो -2
जल बिच खडा होई दर्शन ला आसरा लगावे ले हो-2
सितली बेयरीया सितल दुजे पनिया कब देब देवता तु आके दर्शनवा -2
जोडे जोडे सुपवा आदित देव घटवा पे तिवई चढावे ले हो -2
जल बिच खडा होई दर्शन ला आसरा लगावेले हो -2
भुखली सरिरीया सजल सोभे मनवा पुरुबे लागल बडुवे सबके धेयनवा -2
जोडे जोडे दउरा ए दिना नाथ घटवा पे तिवई चढावे ले हो -2
जल बिच खडा होई दर्शन ला आसरा लगावेले हो -2
विनय बिहारी लिखले माई के भजनवा गवली पलक बेटी धई के धेयनवा -2
जोडे जोडे पियरी ए गंगा मईया घटवा पे तिवई चढावे ले हो -2
जल बिच खडा होई दर्शन ला आसरा लगावेले हो -2



Credits
Writer(s): Ajay Prasanna, Dr.pramod Kumar
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link