Hirani Aisan Akhiyan

हिरनी अईसन अँखियाँ गोरी के
हिरनी अईसन अँखियाँ गोरी के
मोरिनिया अईसन चाल
मोरिनिया अईसन चाल

मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना

हिरनी अईसन अँखियाँ गोरी के
मोरिनिया अईसन चाल
मोरिनिया अईसन चाल

मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना

नथिया के नखड़ा जो मुखवा के झगड़ा
खनके कंगनवा जोर
बिहा सेलु जब तू हमरा उजाला अईसन
मनवा में भईल अँगोर, हो

देहिया लागे होखे परि के...
देहिया लागे होखे परि के, फूलवा अईसन गाल
परि के फूलवा अईसन गाल

मन अगराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन अगराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना

माँगे मँग टीका लीली रऽ पर बिंदिया
गरिवा में मोतिया के हार
बिछवा पायलिया के मेल बड़ा नीमन
अँगूठिया करे ले दुलार, हो

मिसरी अईसन बतिया गोरी के...
मिसरी अईसन बतिया गोरी के सुनके भईली निहाल
हो, बतिया सुनके भईली निहाल

मन ललचाईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन ललचाईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना

रूपवा अगुनवा से मिलके भईल बा
देहिया के तोहरो सिंगार
लागे नाही केहु के बाऊर नजरिया
रखिहा तू एतने सम्हार, हो

एक तो मद से मातल बाड़ू...
एक तो मद से मातल बाड़ू, दूजे ओठवा लाल
गोरी के दूजे ओठवा लाल

मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना

हिरनी अईसन अँखियाँ गोरी के
मोरिनिया अईसन चाल
मोरिनिया अईसन चाल

मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना
मन बऊराईल रे हमरो
गोरी के रूप देखी ना



Credits
Writer(s): Ramlaxman, Aashutosh Kumar Singh
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link