Bhawarva Ke Tohra Sang Jayi

समय के चक्का चलत रहेला, ई ना रुके पावे
एक दिन ओकरा जाए के बा, जे दुनिया में आवे

के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई...?

के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई...?

जनम के बेरिया बड़ा सुख होला, अँगना में बाजेला बधाई
हो रामा, अँगना में बाजेला बधाई
जनम के बेरिया बड़ा सुख होला, अँगना में बाजेला बधाई
हो रामा, अँगना में बाजेला बधाई

जात के बेरिया बड़ा दुख होला
जात के बेरिया बड़ा दुख होला
हँस अकेला जाई

भँवरा, के तोहरा संग जाई?
भँवरा, के तोहरा संग जाई?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई...?

हाथ पकड़ के भाई रोवे, बाँह पकड़ के माई
हो रामा, बाँह पकड़ के माई
हाथ पकड़ के भाई रोवे, बाँह पकड़ के माई
हो रामा, बाँह पकड़ के माई

चरन पकड़ के तिरिया रोवे
चरन पकड़ के तिरिया रोवे
पियवा के होला बिदाई

भँवरा, के तोहरा संग जाई?
भँवरा, के तोहरा संग जाई?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई...?

कवना कलमिया से भगिया लिखाइल, मँगिया के सेनुरा धुआइल
हो रामा, मँगिया के सेनुरा धुआइल
कवना कलमिया से भगिया लिखाइल, मँगिया के सेनुरा धुआइल
हो रामा, मँगिया के सेनुरा धुआइल

टूट गइले चूड़िया, टिकुली उजड़ गइले
टूट गइले चूड़िया, टिकुली उजड़ गइले
अँखिया के लोर ना सुखाई

भँवरवा, के तोहरा संग जाई?
भँवरवा, के तोहरा संग जाई?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई, भँवरा?
के तोहरा संग जाई...?



Credits
Writer(s): Ashok Ghayal
Lyrics powered by www.musixmatch.com

Link